सवैया

झाड़ू से झार झार ओट बटुराई रहल,लागता की ओट सब जमीन पे छिटाईल बा।

 दाव औ घात में तीर और कमान लिए, यूपी की सियासत अब आके गरमाईल बा।।

मिशन बाईस वाला जंगे  मैदान मे ,नया नया चेहरा त खुबे खूब दिखाईल बा।

चाय पान की दुकान पर चर्चा ई तेज भईल, लागता सरस की चुनाव नियराईल बा।। 

गौरीशंकर पाण्डेय सरस